शत अल अरब
Appearance
Shatt al-Arab Arvand rud | |
---|---|
लोकेशन | |
Country | Iraq, Iran |
भौतिक लच्छन सभ | |
Source | |
- location | Tigris–Euphrates confluence at Al-Qurnah and Karun River in Iran[1] |
- elevation | 4 मी (13 फीट) |
मुहाना | |
- location | Persian Gulf |
- elevation | 0 मी (0 फीट) |
लंबाई | 200 किमी (120 मील) |
थाला के साइज | 884,000 किमी2 (9.52×1012 वर्ग फु) |
Discharge | |
- average | 1,750 m3/s (62,000 cu ft/s) |
शत अल-अरब पच्छिमी एशिया में एगो नदी बा। ई नदी दजला आ फरात नदिन के संगम से बने ले आ फारस की खाड़ी में गिरे ले। नदी के कुल लंबाई लगभग 200 किलोमीटर बा। दजला आ फरात के संगम दक्खिनी ईराक के बसरा गवर्नरेट में होला। एहिजा के बाद इनहन के नाँव बदल के शत अल-अरब पड़ जाला।
ई नदी फारस के खाड़ी के उतर-पच्छिमी माथ पर आपन डेल्टा बनावे ले। नदी के महत्व जलमार्ग के रूप में भी हवे। एह नदी में ईरान के ओर से एगो अउरी नदी आ के मिले ले जे गाद (सिल्ट) के भारी मात्रा में जमाव एह नदी में कइ देले, एही कारन एह नदी के जहाज सभ के आवाजाही लायक बनवले रहे खाती गाद के ड्रेजिंग करे के पड़े ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Iraq - Major Geographical Features". country-data.com. Retrieved 28 November 2015.
ई लेख कौनो नदी के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई एशिया के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |