फ्लैश मॉब
फ्लैश मॉब (अंग्रेजी: flash mob भा flashmob)[1], शाब्दिक अरथ - अचानक झटाक से आ कुछे देरी भर खातिर एकट्ठा भइल भीड़, में कम से कम 10 लोग अचानक कौनों पब्लिक जगह पर प्रगट होला, कुछ अजीब हरकत भा कौनों बिना मतलब के काम करे ला आ कुछ मिनट बाद तितर-बितर हो के गायब हो जाला; आमतौर पर ई चकित करे, मजाक बनावे, भा कलात्मक परफार्मेंस के मकसद से होला।[2][3][4] फ्लैश मॉब सभ के संजोजन टेलीकम्युनिकेशन, सोशल मीडिया आ वाइरल ई-मेल सभ के जरिये कइल जाला।[5][6][7]
ई शब्द के ईजाद 2003 में कइल गइल, ई राजनीतिक बिरोध प्रदर्शन, कामर्शियल परचार, पब्लिसिटी खातिर स्टंट जेह में कौनों कंपनी भा प्रोफेशनल लोग सामिल होखे वगैरह नियर चीज के ना सामिल कइल जाला।[8][9] पहिले से प्लानिग के साथ आ कौनों सामाजिक काम खाती अइसन कइल आयोजन सभ के स्मार्ट मॉब कहल जाला।
अइसने मिलत-जुलत अपराध नियर गतिबिधी भी देखल गइल बा जेह में अचानक कुछ लोग, जे एक दुसरे से अनजान होखे, फ्लैश मॉब के रूप में जमा हो के कौनों दुकान लूट ले। अइसन घटना सभ के फ्लैश रॉब (झटका से लूट) के नाँव दिहल गइल बाटे।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Facebook flashmob shuts down station". CNN.com. February 9, 2009.
- ↑ "Va-va-voom is in the dictionary". BBC. July 8, 2004. Retrieved May 5, 2010.
- ↑ "definition of flash mob from Oxford English Dictionaries Online". Oxford University Press. July 8, 2004. Archived from the original on May 10, 2011. Retrieved May 9, 2010.
- ↑ "Mixed feelings over Philadelphia's flash-mob curfew". BBC. August 12, 2011.
- ↑ Athavaley, Anjali (April 15, 2008). "Students Unleash A Pillow Fight On Manhattan". Wall Street Journal. Archived from the original on January 11, 2009. Retrieved May 19, 2008.
- ↑ "Time Freezes in Central London". ABC News. April 30, 2008. Retrieved January 25, 2009.
- ↑ Sandra Shmueli (August 8, 2003). "'Flash mob' craze spreads". CNN.
- ↑ "Manifestul Aglomerarilor Spontane / A Flashmob Manifesto". December 5, 2004. Archived from the original on February 9, 2007. Retrieved December 27, 2011.
{{cite web}}
: Unknown parameter|dead-url=
ignored (help) - ↑ Ed Fletcher (December 23, 2010). "Failed choral 'flash mob' may not have qualified for term". Toronto Star. Retrieved December 30, 2010.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- गेटवे ऑफ इंडिया पर फ्लैश मॉब, बीडियो, आजतक पर।
ई समाज भा समाजशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |